चिरागवा बोले- मोदी जी रहेंगे, त हम NDA छोड़ब सोचबो ना

गौरव त्रिपाठी
गौरव त्रिपाठी

स्वतंत्रता दिवस के पावन अवसर पर लोजपा (रामविलास) के प्रदेश कार्यालय में खूब धूमधाम से कार्यक्रम आयोजित भइल। पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केंद्र सरकार में मंत्री चिराग पासवान झंडोत्तोलन करत देशवासियों के शुभकामना देहलें।

मोदी जी के लाल किला स्पीच पर फोकस

चिराग पासवान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के लाल किले से दिए गए भाषण के सराहना करत कहले कि “विकसित भारत” के जो सपना बा, उ भाषण से आउर मजबूती पावत बा।

“ई दिन ओह अमर शहीदन के नमन करे के बा, जेकरा बदौलत आज हम आज़ाद हवा में साँस लेतानी।”

वोटर लिस्ट विवाद पर जवाब

जब पत्रकार लोग वोटर लिस्ट से 65 लाख नाम हटाए के सवाल पूछलें, तब चिराग सटीक जवाब देत कहले:

“नाम हटे के पीछे कारण बा – पलायन, मौत, या एके आदमी के दू जगह नाम। आयोग जल्द साफ-साफ जानकारी दी।”

मतलब – घबराइए मत, नाम कटल बा त जुड़ाई के मौका दीहल जाई।

NDA से रिश्ते पर फिर से दोहरावल विश्वास

अब असली चटपटा हिस्सा ई बा – विपक्ष के गुदगुदी चिरागवा के बयान पर।

“जब तक नरेंद्र मोदी पीएम बाड़ें, चिराग पासवान NDA से बाहर जाये के सोचो ना सकता।”

ओह लोग के मुंह बंद करे खातिर चिराग आगे जोड़ले:

“काहे सब लोग हमके NDA से अलग करे पर तुले बा? विपक्ष जानता कि NDA एकजुट रहल, त उनका जीत के सपना सपना ही रही।”

व्यंग्य भी ठेललें

चिराग कहले:

“जवन हम कहनी, ओकर तोड़-मरोड़ के परोसल गइल बा। कुछ चैनल खुदे कबूल कइले बा कि गलती भईल।”

भाई साहब! मीडिया भी डर गइल अब।

विपक्ष के मिर्ची त ठोंकाइल बा!

चिराग पासवान के स्पष्टता और एनर्जी से विपक्ष के पसीना छूट रहल बा। NDA में उ रहे वाला बाड़े, और बिहार में विपक्ष के राह अब अउरी कठिन हो गइल बा।

ओ देशभक्त! तिरंगा लेकर “Fast & Furious – Bharat Edition” बंद करो

Related posts

Leave a Comment