
243 सीट पर लड़ब… एको सीट कम नइखे मंजूर! बिहार में फिर से सियासी महाभारत शुरू हो गइल बा। एक ओर NDA (बीजेपी, जेडीयू, चिराग के LJP-R) तो दूसरी ओर INDIA गठबंधन (आरजेडी, कांग्रेस, सीपीआई, VIP वगैरह) तइयार बा मैदान में कूदे के। लेकिन असली तड़का तब लागल जब चिराग पासवान एलान क दिहले –
“हमनी के पार्टी त अबकी बेर 243 सीट पर लड़ी!”
17 दलों को नींद से जगाया ECI ने! बोले: “या चुनाव लड़ो या बाहर हो जाओ
मतलब – पूरे बिहार के एके झटके में “पासवान पावर” से झकझोर देबे के इरादा बा।
“टूटल पार्टी, लेकिन चिराग जलता रहा…”
रामविलास पासवान जी के बाद LJP के बटवारा हो गइल –
-
एक ओर चिराग पासवान (जो अब NDA में मंत्री बा)
-
दूसरा ओर पशुपति पारस (जो अब INDIA गठबंधन के हिस्सा बन गइल बाड़ें)
मगर चिराग भाई हार माने वाला कहां! अब त बुझाता कि ऊ सोच लिहले बाड़ें – “बड़े-बड़े गठबंधन सब आये जाए, हमरा त बिहार के सिंहासन चाहीं भाई!”
नव संकल्प महासभा में एलान – “पूरा बिहार लेब!”
6 जुलाई के छपरा में ‘नव संकल्प महासभा’ में चिराग जी बोले – “हम 243 सीट पर लड़ब, बिहार के हर कोना में LJP-R के पताका लहराई!”
भोजपुरी में कहें त – “ई नवा जोश, नवा जोशिला अंदाज बा भइया!”
रणनीति कि धमकी? NDA के माथा पर शिकन
अब सवाल उठता – जब NDA में बानीं, त काहे बार-बार सब सीट पर लड़े के बात कर रहल बानीं?
ई रणनीति ह कि जेडीयू-BJP पर दबाव?
कहीं इ त नइखे कहे चाहत – “अगर सीट ना मिलल त हमही पुरा NDA के हिला देब!”
मांग– “45 सीट दे दीं नहीं त सब ले लब!”
चुनाव विश्लेषक मानत बाड़ें कि चिराग 45 सीट मांगत बाड़ें। 2024 में ऊ 5 सीट जीत के मंत्री बनलन, अब चाहत बाड़ें बिहार के कुर्सी!
NDA सोच में पड़ गइल बा – “45 दे दीं त बाकी गठबंधन चिढ़ जाई, ना देब त चिराग भाई बागी हो जाई!” राजनीति के महाभोज में प्लेट सबके चाहीं –बाकिर चिरागवा बोले – ‘भइया थाली नाहीं, पूरा बफे चाहीं!’
गठबंधन के गणित बिगड़ल त…
बिहार में गठबंधन के रिवाज बा, लेकिन ‘सीट बंटवारा’ में हमेशा लात-जूता चलेला।
ई बार चिराग के स्टाइल बुझाता बा – “अगर खीर बंटत बा, त मलाई हम लेब, वरना भगोना लेके चल देब!”
“राजनीति में सब संभव बा!”
बिहार के सियासत में कब का, कौन, कइसे पलटी मारे – ई त भगवान भी नइखन जानत। आज चिराग NDA में बाड़ें, काल्ह INDIA में होखस, परसों अपना नयका फ्रंट में आ जास…बस जनता देख रहल बा – “ई चिराग के रोशनी कहां तक पहुंची?”
ट्रंप की सुरक्षा में सेंध! नो-फ्लाई ज़ोन में घुसे विमान को F-16 ने से भगाया