
बिहार के राजनीति में तहलका मचावे वाला प्रशांत किशोर अब जन सुराज अभियान के एगो मजबूत राजनीतिक संगठन बनावे के दिशा में ठोस कदम उठा लेले बाड़न।
जो बाइडन को हाई ग्रेड प्रोस्टेट कैंसर, ट्रंप ने जताई चिंता, जानें इलाज की स्थिति
सूत्र बतावत बा कि जन सुराज के राष्ट्रीय अध्यक्ष के कमान अब दिहल जा रहल बा पूर्व सांसद उदय सिंह उर्फ पप्पू सिंह के। ई एलान खुद प्रशांत किशोर (PK) आज यानी सोमार, 19 मई के एक प्रेस कॉन्फ्रेंस में करे वाला बाड़न।
के हउवें उदय सिंह?
उदय सिंह, पूर्णिया से दू बार सांसद रह चुकल बाड़न — 2004 अउरी 2009 में भाजपा के टिकट पर।
2014 में हार मिलल, आ 2019 में महागठबंधन के ओर से कांग्रेस के उम्मीदवार बनके चुनाव लड़ले, बाकिर सफलता नइखे मिलल।
2024 में जब पप्पू यादव कांग्रेस में आइलन, तब उदय सिंह चुनावी मैदान से खुद के हटा लिहलें। राजनीति से अलग, ऊ एगो बड़ व्यवसायी आ समाजसेवी हउवें।
लक्जरी वैनिटी वैन से भी बाड़न चर्चा में
उदय सिंह के एगो खास वैनिटी वैन बा, जेकरा के ऊ 2011 में बनववले रहस। हाल में जब पीके बीपीएससी के छात्रों के समर्थन में गांधी मैदान में उतरलन, त इहे वैन लोगन के बीच आकर्षण के केंद्र बन गइल। बतावल जा रहल बा कि वैन के कीमत कई करोड़ में बा।
पीके के सियासी चाल तेज
पहिले RCP सिंह के जन सुराज में शामिल क के, आ अब उदय सिंह के अध्यक्ष बना के, प्रशांत किशोर ई साफ कर देले बाड़न कि ऊ 2025 बिहार विधानसभा चुनाव के कवनो हाल में हल्का में ना ले रहल बाड़न।
जन सुराज अब अभियान ना, बलुक ठोस राजनीतिक विकल्प के रूप में सामने आ रहल बा।
अगिला रणनीति का हो सकेला?
-
आरसीपी सिंह + उदय सिंह = सोशल इंजीनियरिंग के मास्टर स्ट्रोक
-
संगठन के विस्तार + ग्राउंड लेवल कनेक्शन
-
युवा आ पढ़ल-लिखल वर्ग में पकड़ बनावे के कोशिश
NCERT ने लॉन्च किए कक्षा 11-12 के लिए 28 फ्री कोर्स, जानिए कैसे करें SWAYAM पोर्टल पर रजिस्ट्रेशन