चिराग के लउकल तेज! अबका चुनाव में चमकेगा पासवान फैक्टर?

आलोक सिंह
आलोक सिंह

चिराग पासवान अब राजनीति में कवनो छोट किरदार ना निभइहें – ई बात अब पूरा बिहार बुझा गइल बा। आरा में जुटल जनसैलाब आउर ‘नव संकल्प महासभा’ के गरज से ई साफ हो गइल कि एलजेपी (रामविलास) अब खाली पिछवाड़ा से खेल देखे वाला टीम नइखे।

लॉस एंजेलिस में विरोध पर ट्रंप का एक्शन: 2,000 नेशनल गार्ड्स तैनात

‘अगर लड़ीं चुनाव, त तूफान आई’: चिराग के एलान

सभा में चिराग पासवान के बोली सीधी रहे – “अगर विधानसभा के चुनाव लड़ीं, त उ हमरा पार्टी के स्ट्राइक रेट बढ़ावे खातिर होई, ना कि खाली कुर्सी खातिर!”

अब ई बयान बिहार के गठबंधन राजनीति में झटका दे रहल बा। एनडीए के भीतर एलजेपी के ताकत अउरी निर्णायक बन सकेला।

जात-पात के राजनीति पर तीर, विकास के नाम पर वोट मांगे चिराग

बोललन –
“बिहार में अब विकास के राजनीति करीं, ना कि वंशवाद अउर जातिवाद के नाटक!”

युवा, रोजगार, शिक्षा आउर उद्योग के मुद्दा पर गहिरा बात करके, चिराग आज के नौजवानन के दिल में सीधा घर बना लिहलन।

‘नव संकल्प महासभा’ – चुनावी बिगुल कि रणनीतिक दांव?

सभे जने ई पूछे लागल – का ई महासभा खाली सभा रहल, कि एक ठो चुनावी महायुद्ध के आगाज़?

सभे के समझ में आ गइल कि अब एलजेपी (रामविलास) सहायक ना, बलुक निर्णायक भूमिका के तैयारी में बा।

‘पासवान फैक्टर’ बन सकsता ह बिहार के किंगमेकर

राजनीतिक पंडित कहत बाड़े –
“अगर चिराग विधानसभा चुनाव लड़े, त पासवान फैक्टर 2025 के चुनावी फिजा बदल सकsता!”

आरा में भीड़, चिराग के शब्द आउर मंच से निकलल आत्मविश्वास – तीनों इशारा कर रहल बा कि बिहार में अब खेला होई।

नौजवानन के दिल पर चोट – रोजगार, शिक्षा आउर उद्योग पर वादा

चिराग पासवान साफ-साफ कह दिहलन –
“युवाओं के सपना के राजनीति करीं, खाली कुर्सी खातिर ना।”

उद्योग, स्टार्टअप, कौशल विकास आउर डिजिटल बिहार के सपना से चिराग युवा वोट बैंक के चाभी घुमा देले बाड़न।

 “अब बिहार में चिराग ना, तूफान चली”

अगर ई रफ्तार रह गइल, त चिराग पासवान ना केवल विधानसभा चुनाव लड़िहें, बलुक बिहार के सत्ता संतुलन के सबसे बड़ खंभा बन सकsता।

RCB की जीत में मातम! भगदड़ में 11 मौतें, अब मिलेगा 25 लाख मुआवज़ा

Related posts

Leave a Comment