अब नेताजी के काफिला ना, चलत बा चलत काफिले में फौज

Ajay Gupta
Ajay Gupta

बिहार चुनाव के पहले राजनीति गरम बा, आ साथे-साथ नेताओं के सुरक्षा कवचो चमक गइल बा। नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव और डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी अब Z कैटेगरी के सुपर VIP सिक्योरिटी में घूमेंगे।

Z सिक्योरिटी मतलब – 22 जवान, 24 घंटा तैनात, जेहमें कमांडो टीम भी शामिल बा। अब नेताजी के काफिला देखके लोग समझे कि “एगो फिल्म स्टार आवत बाड़ें कि नेताजी?”

काहे बढ़ावल गइल सुरक्षा? “नेताजी के काफिला में घुस गइल रहस्यमयी गाड़ी!”

तेजस्वी यादव के काफिले में हाल ही में एगो अनजान कार घुस गईल रहे मरीन ड्राइव पर, आ पहिले भी उनकर गाड़ी दुर्घटना में पड़ चुकल बा।

उधर, सम्राट चौधरी के जान से मार देवे के धमकी मिलल रहे। तब से सरकार के नींद खुलल आ तुरंते गृह विभाग DGP के चिट्ठी लिख के आदेश भेज देलस।

अब तेजस्वी-सम्राट = Bollywood Security Level!

Z श्रेणी के सिक्योरिटी मतलब 6 कमांडो + ITBP या CRPF के जवान। अब नेताजी जाईं कहीं, उनके आगे-पीछे पूरा फौज बा।

“बिहार में नेताजी से हाथ मिलाइब त पहिले सिक्योरिटी से पास मांगल जाई!”

बाकी नेता लोग के सुरक्षा स्कीम — “Y+ वाला Plan!”

  • पप्पू यादव (पूर्णिया सांसद)

  • प्रदीप कुमार (अररिया सांसद)

  • ज्ञानेंद्र सिंह ज्ञानू (बाढ़ विधायक)

इनके मिलल बा Y+ Security, जेहमें 12 जवान, 2-4 कमांडो और PSO शामिल बा।

“अब विधायक जी के घर के बाहर जवान के तैनाती देख के, मोहल्ला के लोग सोचत बा – ‘एतना खतरा बा का सच में?’ “

चुनाव के पहले नेताजी सब तैयार, बाकी जनता बोले – ‘हमरा सुरक्षा के का प्लान बा?’

जैसे-जैसे चुनाव नजदीक आवता, नेताजी सब के चिंता बढ़ जाला – वोट के, कुर्सी के, आ अब जान के भी
लेकिन सवाल उठता बा कि –
“जनता के सुरक्षा के भी केहू प्लान बनवले बा कि बस नेताजी पर ही सारा बजट बहा दिहल गइल बा?”

“मकबरे में निकले भोलेनाथ?” फतेहपुर में इतिहास बना Mystery Zone!

Related posts

Leave a Comment