“तेजस्वी जी! हार के डर से न भागीं, ई चुनाव ह, क्रिकेट नइखे!”

आलोक सिंह
आलोक सिंह

बीजेपी सांसद राजीव प्रताप रूड़ी से जब पत्रकार लोग पूछलन कि तेजस्वी यादव त चुनाव बॉयकॉट करे के कह रहल बाड़न, त ऊ हंसते-हंसते कह देलन, “तेजस्वी के परिवार से हमार रिश्ता पुरान बा, बाकिर ई बयान आकस्मिक नइखे।”

रूड़ी जी के अंदाज एगो अनुभवी नेता वाला रहे, बाकिर उनकर बात में मजाकिया चुभन भी रहे।

“हार के डर से रणनीति बदलत बाड़न तेजस्वी?”

रूड़ी के कहना बा कि तेजस्वी यादव अब चुनाव से किनारा करे के मन बना चुकल बाड़न, काहे कि उनकरा लगे हार के आसार लउकत बा।
“ई कोई संयोग नइखे,” ऊ कहले, “ई रणनीति बा, या त ऊ बड़हन राजनीति के तैयारी में बाड़न।”

“बिहार में बीजेपी-एनडीए के लहर बा!”

राजीव प्रताप रूड़ी के दावेदारी बा कि बिहार में चुनाव होखते बीजेपी-एनडीए के ही सरकार बनी। “हम त 40 साल से लालू परिवार के खिलाफ मैदान में बानी। ई त हमार रोज़ का एक्सरसाइज बा,” – कह के ऊ मुस्कुरा गइलन।

सवाल उठत बा: ‘तेजस्वी के बयान असली बा कि राजनीतिक जुगाड़?’

भोजपुरी जनता त अब सोचे लागल बिया – “तेजस्वी जी! रेस से भागल से घोड़ा नइखे बनल जात, मैदान में टिके के नाम राजनीति ह!”

तेजस्वी जी के राजनीति अब ‘बॉयकॉट’ मोड में चली गइल बा… जनता कहतिया, “भैया, टिकट काटे से अच्छा त मैदान में जूता खाईं!”

UP Red Cross को मिला नया नेतृत्व, ब्रजेश पाठक संभालेंगे कमान

Related posts

Leave a Comment