“महुआ के बबुआ बनाम वोटर अधिकार वाले बाबुआ

Ajay Gupta
Ajay Gupta

बिहार में ई साल के अंत तक विधानसभा चुनाव होखे वाला बा… आ अब राजनीति के खेत में कांटा-बांस के झाड़ लगावल शुरू हो गइल बा।
जहां एक ओर राहुल गांधी “वोटर अधिकार यात्रा” निकाल के जनता से हाथ जोड़त बाड़ें, उहें तेज प्रताप यादव अपन “जनसंवाद यात्रा” लेके महुआ के गलियन में ठांय-ठांय करत घूमत बाड़ें।

महुआ के बबुआ बोले – “ई चुनाव हमरे इज्जत के सवाल बा”

तेज प्रताप ऐलान कइले बाड़ें कि उ महुआ विधानसभा सीट से खुद मैदान में उतरबें। मंच पर चढ़ के गला फाड़त बोलते बाड़ें –

“हम महुआ के बबुआ बानी! जनता हमरा साथ बा, आ संजय यादव भाग रहल बा तुलसी माला पहन के!”

सभे के ताली पीट देवे के मन करे लागेला, लेकिन जे बाकी RJD के नेताजी बाड़ें, उ लोग के चेहरा UPSC के पेपर से भी ज्यादा टेढ़ा हो गइल बा।

AIMIM संग गठबंधन? लेकिन तेज बाबू बोले – ‘पार्टी के चिन्ह से ना लड़ीं!’

सुनत में बा कि असदुद्दीन ओवैसी के AIMIM पार्टी तेज प्रताप से गलबहियां डालत फिरत बा, लेकिन तेज बाबू कहत बाड़ें –

“हम कवनो पार्टी के चिन्ह से ना लड़ीं! हम त बस जनता के आवाज बनीं!”

अब का जनता बुलडोजर से सुनाई देई कि बिना चिन्हे ईवीएम में वोट केल जाई?

‘वोटर अधिकार यात्रा’ पर तेज प्रताप के तंज – “ई सब ढोंग बा, असली मुद्दा ह रोजगार और पलायन”

तेज प्रताप यादव ‘वोटर अधिकार यात्रा’ के फेसबुक वाला पोल अपडेट बता के मजाक उड़ावत बाड़ें। उ कहत बाड़ें कि असली मुद्दा ह –

  • बेरोजगारी

  • पलायन

  • शिक्षा अउर स्वास्थ्य

बाकी ई लोग ‘SIR’ के मुद्दा पर जनता के Google Translate बना देले बा।

अब सवाल उठत बा – का बिहार में उभर सकीला कोई तीसरा मोर्चा?

तेज प्रताप यादव के एग्रेसिव जनसंवाद यात्रा आ राहुल गांधी के शांतिपूर्ण वोटर अधिकार यात्रा, मिल के बिहार के राजनीति में नया सियासी चक्रव्यूह बना रहल बा।

  • का विपक्षी वोट बंट जाई?

  • का तेज प्रताप “राजद” के भितरघात से उभर के नया ध्रुव बन पइहें?

  • का बिहार में BJP-RJD-CONG के अलावे ‘तीसरा पोल’ आ जाई?

ई सब सवाल अब टेस्टी लिट्टी चोखा के साथ ही गपशप में सुलझे वाला बा।

“जहां बबुआ, वहां तमाशा!”

बिहार के राजनीति में तेज प्रताप यादव के जनसंवाद यात्रा एगो नाटक ना, बलुक राजनीतिक सोशल एक्सपेरिमेंट बन गइल बा।
अब देखे के बा –

का ई “बबुआ” वाकई “बिहार के भगत सिंह” बन सकीहें?
या ई यात्रा चुनाव के टाइम खाली फटा पोस्टर निकला हीरो बन जाई?

उपराष्ट्रपति पद के लिए इंडिया गठबंधन से बी. सुदर्शन रेड्डी का नामांकन

Related posts

Leave a Comment