बिहार चुनाब | मितरों – चिराग के ‘चिराग’ से NDA में लागल आग!

अजमल शाह
अजमल शाह

बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के चइला जइसे-जइसे नजदीक आवता, राजनीति के तवा पर अब घी के जगह गरम तेल डालल जा रहल बा। एनडीए (NDA) के खेमे में फिलहाल चिराग पासवान के ‘डिमांड डायनामाइट’ फोड़ के माहौल गरम कर देले बा।

NEET रिजल्ट अलर्ट! स्कोर, कटऑफ और सीट्स सबकुछ यहीं जानें

सीट बंटवारा: जोड़-घटाव के गुणा-गणित

विश्वस्त सूत्र कहत बा कि एनडीए के अंदर 243 सीट के फार्मूला ई बा –

बीजेपी: 102

जेडीयू: 102

एलजेपी (रामविलास): 28 (संभावित 30)

जीतन राम मांझी: 7

उपेंद्र कुशवाहा: 4

अब भाई, ई जोड़ के देखीं – बाकी बचल सीट के जुगाड़ केतना सधा?

चिराग के ‘सियासी सूरज’ 70 सीट पर चमके के कोशिश में

एलजेपी के नेता कहत बा लोग कि चिराग बाबू सीधा-सीधा 70 सीट के मांग लेके NDA के मीटिंग में घुसल चाहत बाड़न। बाकी मान जइहें शायद 40 पर, लेकिन एह ‘सियासी सौदेबाजी’ से भाजपा-जेडीयू के माथा में अब ‘राजनीतिक माइग्रेन’ सुरू हो गइल बा।

भाजपा-जेडीयू के नीचे गिरत सीट?

अगर चिराग के ‘सीट धमकी’ काम कर गइल, त फिर भाजपा आ जेडीयू के 100 से नीचे आना तय बा। मतलब, ‘डबल इंजन’ के ‘पटरिया’ अब छोट होखे के पूरा डर बा।

मांझी अउर कुशवाहा के सीट गणित

2020 में जीतन राम मांझी के जेडीयू से 7 सीट मिलल रहे, जवन में से 4 पर जीतलन। ए बार उहे उम्मीद बा। उपेंद्र कुशवाहा के 4 सीट के फिक्सिंग बा। ई छोट छोट गणित, NDA के बड़ा माथा दुखावल बा।

सीट बंटवारा ना, ‘कुर्सी सम्हारो प्रतियोगिता’ बा!

बिहार चुनाव 2025 अब पार्टी के चुनाव ना, बलुक ‘सीट सम्हारो प्रतियोगिता’ बन गइल बा। NDA के भीतर ‘भाईचारा’ से ज्यादा ‘सियासी बराबरी’ के खींचतान बा। चिराग बाबू अगर जोर मारत रहलन त NDA के सूर्यग्रहण तय बा।

ब्रेकिंग! लू का तांडव, नकली बसें, ब्लैक बॉक्स छत पर, खालिस्तान टीशर्ट

Related posts

Leave a Comment