
बिहार विधानसभा चुनाव अब बस मोड़ के इंतजार में बा। एक तरफ NDA ताल ठोंक के मैदान में उतर रहल बा, त दूसरी ओर महागठबंधन अबहीं ‘मुखिया जी’ के नाम पर मौन व्रत’ धारण कइले बा।
बाकिर RJD सांसद सुधाकर सिंह के ताजा बयान से हवा मिलल बा कि “आ रहा है तेजस्वी बाबू!”
सुधाकर सिंह बोले – गठबंधन में ना कोई खटपट, ना कोई खटिया
सांसद जी बक्सर से ऐलान कइले कि इस बेर के चुनाव पिछली बेर से बिल्कुल अलग होई।
“तालमेल बा, तैयारी बा, तनी टाइम बा” — ई कह के ऊ बतवले कि सब कुछ तय प्रक्रिया से होई।
मतलब, एलान के बटन तब दबेगा जब लालटेन गरम होई और घंटी बहेगी।
सबसे बड़का दल, सबसे तेज नेता!
जब पत्रकार लोगन ने पुछलस कि तेजस्वी यादव के नाम पर कवनो मुहर लगी कि नहीं, सांसद बाबू कहले – “अरे भाई! सबसे बड़का दल के नेता, मुख्यमंत्री पद के बड़का दावेदार! बाकी टाइम पर एलान होई…”
बाकी सूत्र कहत बा — “महागठबंधन में ना कोनो माया जाल बा, ना ममता, सब तेजस्वी पर एकमत बा!”
ठाकरे ब्रदर्स के बीच पटरी बिछे इससे पहले, फडणवीस ने चाय मंगा ली
सर्वे कहे: तेजस्वी जनता के दिल में बसत बा
सुधाकर बाबू बतवले कि सर्वे हो, सोशल मीडिया हो, या पान दुकान के चर्चा – तेजस्वी यादव हर जगह बिहार के जनता के ‘पहिला पसंद’ बन गइल बाड़न। जइसन कि बक्सर स्टेशन पर चाय वाला कहे: “नीतीश जी अनुभवी हउवन, बाकिर तेजस्वी में जवानी के जोश बा!”
NDA बनाम INDIA: अबकी बार काजे तगड़ा होई मुकाबला
जहां NDA अपना समीकरण के अंतिम रूप दे रहल बा, उहेँ INDIA गठबंधन अब सीधा मोर्चा खोल रहल बा। अगर तेजस्वी यादव के नाम पर एलान हो जात बा, त ई चुनाव महागठबंधन के ‘चेहरा और नेतृत्व’ के लिहाज से निर्णायक होई।
“CM काहे बनल चाहत बाड़न?”
काहे कि लालू जी के सपना अधूरा बा।
काहे कि सोशल मीडिया पर ट्रेंड होता: #TejashwiForCM
काहे कि NDA के नाक में दम कइले बानी।
बाकिर अबहीं एलान ना भइल – शायद ‘शुभ मुहूर्त’ खोजात बा।
“चेहरा साफ बा, एलान बाकी बा!”
सुधाकर सिंह के बयान से ई तो साफ हो गइल कि महागठबंधन के पास एकजुटता बा, योजना बा, तेजस्वी बा, बाकिर ऑफिशियल एलान अबहीं गोदी में बइठल बा। अब देखे के बा कि बिहार के जनता ‘लालटेन के रौशनी’ चुनती कि ‘डबल इंजन के सीटी’ सुनती।
Ahmedabad Plane Crash: भगवद्गीता रही सलामत, मौत से कांपा देश, जानिए अभीतक का हाल