
बिहार के सियासी अखाड़ा में फेरू हलचल मच गइल बा। चिराग पासवान अब सीधे-सीधे कहत बाड़ें – “हम त 243 सीट प लड़े के मन बना लिहनी ह।” ई सुनते बीजेपी के माथा ठनक गइल बा। बाकिर चिराग कहत बाड़ें – “हमार गठबंधन त बस जनता से बा!” राजनीति में एकरे के कहल जाला स्माइली वाला सस्पेंस।
ट्रंप बोले: टैरिफ लगाऊंगा! लूला बोले: हम ब्लैकमेल में नहीं आते
45 सीट के डिमांड, जेपी नड्डा से सीधी बातचीत
गुरुवार के दिने चिराग पासवान दिल्ली में भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा से मिलले। अंदर से लीक भइल खबर अनुसार चिराग बाबू 45 सीट खातिर मांग ठोक देले बाड़ें। अब देखे के बा कि सीट मिली कि सिरदर्द।
सीट मांग कि सियासी चाल?
अब सवाल उठता कि ई सब मांग असल में दबाव बनावे के रणनीति बा कि चिराग पासवान के कुछ अउर ही प्लानिंग बा? जइसे-जइसे चुनाव नियरा आवत बा, लोजपा (रामविलास) सरकार पर हमला तेज करत बा। गोपाल खेमका हत्याकांड पर भी चिराग खुलके सरकार के घेरले बाड़ें।
बीजेपी के ‘आंगन’ में चिराग के दस्तक
चिराग अब ऊ इलाका में जादे एक्टिव बाड़ें जहाँ परंपरागत रूप से बीजेपी के जनाधार मजबूत बा। माने के बा कि “दूध में नींबू निचोड़े वाला अंदाज” बा चिराग के। भाजपा के कुछ नेता मन ही मन कहत बाड़ें – “ई कौन लाइन में लग गइल!”
एनडीए के अंदर ‘गर्म ठंडा’ चल रहल बा
बाहर से त नीतीश कुमार के नेतृत्व में एकजुटता के दावा बा, लेकिन अंदर से माहौल कुछ अउरी बा। बीजेपी नेता कहत बाड़ें कि चुनाव के पहले सब पार्टी प्रचार में लागल बा, बाकिर अंदरखाने “सीटवा के बंटवारा” से सबके टेंशन बा।
नीतीश के पार्टी में भी बवाल
ऊ तरफ जदयू के सीनियर नेता बिनोद कुमार सिंह के इस्तीफा से भी सियासी पारा चढ़ल बा। ई सब देखके जनता सोचतिया – “ए भाई! चुनाव अबकी बार त मजेदार होई!”

चिराग के प्लान ‘243’ कइसे पड़ सकता भारी?
-
बड़े सीट डिमांड से BJP खिसियाई
-
गठबंधन के संतुलन बिगड़े के डर
-
महागठबंधन के खातिर मौका?
-
जनता के दिल जीत पइहें कि विरोध में बइठ जइहें?
अब देखे के बात बा कि बीजेपी चिराग के सपना पूरा करेला कि सियासी लाइन पर झटका देला। चुनावी मौसम गरम बा, आ पब्लिक कहेले – “अबकी बार तमाशा जोरदार!”
भारत पर रूस से तेल आयात रोकने का अमेरिकी दबाव – क्या झुकेगा भारत?
