अबकी बार चिराग सरकार? चुनाव लड़िहें खुदे, बोलले – बिहारी फर्स्ट

आलोक सिंह
आलोक सिंह

बिहार विधानसभा चुनाव के माहौल में अब गरमी और बढ़ गइल बा! लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के नेता चिराग पासवान अब खुदे चुनावी मैदान में उतरत जात बाड़न। पार्टी के संसदीय बोर्ड मीटिंग में फैसला भईल कि चिराग बाबू अब केवल प्रचार ना, बल्कि वोट मांगत मंच पर भी दिखे वाला बाड़न।

“बिहार फर्स्ट, बिहारी फर्स्ट” — चिराग पासवान के नया नारा, पुरनका जोश में नया तड़का।

सीएम के सपना या जनता के दबाव?

चिराग पासवान खुल के कहले कि पार्टी कार्यकर्ता चाहत बाड़े कि ऊ मुख्यमंत्री बने। “हमरा में सीएम देख रहल बाड़े लोग। हमरो में सपना बा – बिहार फर्स्ट, बिहारी फर्स्ट।”

अब त लगत बा कि चिराग के दिल में भी नेता ना, सीधे मुख्यमंत्री वाली धड़कन चालू हो गइल बा!

रिंकू सिंह को मिली सांसद दुल्हनिया, सियासत-क्रिकेट का लवस्टोरी सुपरहिट

आरक्षित सीट छोड़, अब आम जनता के नेता बनल चाहत बाड़े

लोजपा सांसद अरुण भारती ट्वीट क के कहले कि चिराग पासवान अब आरक्षित ना, बल्कि सामान्य सीट से चुनाव लड़े के मूड में बाड़न। ताकि जनता के संदेश जाए – “हम अब सिरिफ एगो जात के नेता ना, बिहार के नेता बानी!”

“अबकी बार – सबके नेता, चिराग पासवान!”

बीजेपी से दोस्ती बा, बाकिर प्रॉक्सी ना – कहले चिराग

चिराग पासवान साफ कहले – “हम बीजेपी के प्रॉक्सी पार्टी ना हईं। पीएम मोदी से प्रेम जरूर बा, बाकिर हमनी के सोच स्वतंत्र बा। जातिगत जनगणना, लेटरल एंट्री – सब पर हम अपना बात खुल के रखले बानी।”

भोजपुरी में कहें त –
“मोदी से मोहब्बत बा, बाकिर मनमर्जी से राजनीति करीं!”

बिहार चुनाव 2025: नया मोड़ पर चिराग के रणनीति

  • खुद चुनाव लड़बें

  • युवा चेहरा के तौर पर प्रोजेक्ट होइहें

  • “बिहार फर्स्ट” के विजन आगे बढ़इहें

  • NDA में दम बढ़इहें

चुनावी मैदान में ‘चिराग-वा’ जलाइबें दीप

“ई चिराग अब अंधेरा मिटावे वाला ना, ई त राजनीतिक धरातल पर पूरा रोशनी फैला दीही!”

“जनता कहतिया – ‘का बात बा चिराग जी, अबकी बार त आप के जोत नू बिया!’”

भारत ने उड़ाया पाक का बंकर, इज़रायल बोला – भाई, वही लॉन्चर हमें भी दे दो!

Related posts

Leave a Comment