युवाओं के सपने या सपना बेचने के पैकेज? बिहार में पब्लिक बोले – ऐ बाबू, अबकी बेर ठगइबs मत!”

आलोक सिंह
आलोक सिंह

“बिहार के लड़िकन के मन में उठ रहल बा सवाल – ‘तेजस्वी बाबू सच में कुछ करिहैं कि इ सब खाली चुनावी चकाचक बा?’

Trump का ‘Advisory Jihad’! लश्कर वाले Ismail और Ex-Jihadi Hamza अब बनेंगे व्हाइट हाउस के ‘गाइड’

बिहार में राजनीति के पेंच फेरु कसाइल बा, अउर एकरे बीच तेजस्वी यादव पूरा दम लगा के ‘मिशन 2025’ के कमान थामले बाड़ें। चाय-पकोड़ी के दुकान से लेकर कोचिंग क्लास तक, आजकल एके चर्चा – “बाबू तेजस्वी सच में नौकरी देइहैं कि फेरु खाली भाषण देइहैं?”

क्रिकेट छोड़, अब सियासत के बैटिंग:
कभी IPL में डगआउट में बैठला वाला तेजस्वी अब पटना के पब्लिक मीटिंग में ‘बुलेट स्पीच’ मार रहल बाड़ें। 2020 के स्टाइलिश प्रचार से आगे बढ़ते हुए अब ऊ सीधे बेरोजगारी, परीक्षा पेपर लीक आ पलायन पर फोकस करत बाड़ें।

डिजिटल बुलेट चलवले बाड़ें:
Reels, Twitter Spaces, YouTube Live – सब जगह RJD के डिजिटल फौज एक्टिव बा। कॉलेजिया लइका से लेकर परीक्षा देत युवाओं तक, सब के दिल में घुसल चाहत बाड़ें तेजस्वी। ‘तेजस्वी बोले बिहार बदले’ नारा से अब सियासत में सोशल मीडिया वाला तड़का भरपूर लागल बा।

RJD के बदलाव के कथा:
अब RJD खाली ‘MY समीकरण’ (Muslim-Yadav) के पार्टी ना, बलुक युवाओं, शिक्षा अउर रोजगार के भी मुद्दा बनावे के दावा करत बिया। तेजस्वी कहत बाड़ें – “पापा लालू जी सामाजिक न्याय लड़े रहले, हम आर्थिक अउर शैक्षिक न्याय लड़ी।”
अबकी ‘स्मार्ट क्लास’, डिजिटल लाइब्रेरी आ ट्रांसपेरेंट शिक्षक भर्ती जइसन शब्द RJD के मैनिफेस्टो में छपता।

लेकिन समस्या भी त बा बाबू!
बिहार में परीक्षा मतलब पेपर लीक के डर, नौकरी मतलब कोर्ट केस के झंझट, अउर पढ़ाई मतलब पलायन। ऐसमें तेजस्वी के हर वादा, हर भाषण, एक अइसन परीक्षा ह जवन खाली क्लास में ना – बलुक जमीन पर पास होखे के बा।

 विपक्ष बोले – ‘पोस्टर पे नौकरिया ना भेटाला’
भाजपा अउर जदयू त आरोप लगावत बा – “तेजस्वी 2020 में 10 लाख नौकरी कहले रहले, अब तक एक ठो ना भेटल।”
तेजस्वी के जवाब – “भाई! तब हम पूरा सत्ता में ना रहनी, अब रही त सब होई।”

पब्लिक बोले – ‘अबकी बेर काम करबs त वोट देबs’
बिहार के युवा अब भीख ना, अधिकार चाहता। ओकरा बहाना ना, रिजल्ट चाहीं। अगर तेजस्वी बाबू सच में बेरोजगारी मिटाइबs, त बिहारी युवा ‘पोस्टर वाला यूथ आइकन’ के हकीकत वाला नेता बना सकत बा।

अबकी चुनाव में पोस्टर से काम ना चली… दिल जीतल जरूरी बा बाबू तेजस्वी! ‘मिशन 2025’ के मैदान में अबकी बेर बाउंसर मत, क्लीन ड्राइव मार के देखाईं। बिहार ताली भी बजाय, वोट भी दी… बाकिर रिजल्ट चाही, वादा ना।

भारत और अज़रबैजान के रिश्ते खत्म! अब- MCQ Practice Set

Related posts