
भारत के सुप्रसिद्ध क्रिकेट खिलाड़ी विराट कोहली आपन पत्नी अनुष्का शर्मा संग रविवार के दिने अयोध्या पहुंचिन। दूनो लोगन रामलला मंदिर अउर फिर हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन-पूजन किहिन। मंदिरन में दर्शन करत समय उ मीडिया से दूरी बनवले रहलिन, लेकिन सोशल मीडिया पर उहै दर्शन के वीडियो अब तेजी से वायरल होइ रहा बा।
पुजारी संजय दास जी किहिन स्वागत
हनुमानगढ़ी मंदिर में पुजारी संजय दास जी महाराज विराट के माला पहिराके, माथे पर तिलक लगाके स्वागत किहिन। उ कहिन, “विराट अउर अनुष्का दूनो के सनातन संस्कृति अउर अध्यात्म से गहरी निष्ठा बा।” दर्शन के बाद दूनो गहिरा पूजन किहिन अउर बजरंगबली से आशीर्वाद लिहिन।
सनातन से जुड़ाव, वृंदावन भी गइल रहिन
एहसे पहिले विराट अउर अनुष्का वृंदावन में प्रेमानंद महाराज के आश्रम भी गइल रहिन, जहाँ दूनो बहुत भावुक होइ गइन। विराट के अध्यात्म में रुचि अब सबका सामने आ गइल बा।
IPL के बीच भक्ति रस
अभी विराट लखनऊ में IPL 2025 के मुकाबला खातिर मौजूद बाड़ें। 27 मई के मुकाबला लखनऊ सुपर जाएंट्स से होइ वाला बा। लेकिन ओकरा पहिले उ अयोध्या आके राम दरबार में श्रद्धा निवेदन किहिन।

अनुष्का के फ़िल्मी दुनिया से दूरी
अनुष्का शर्मा के आखिरी फिल्म ‘जीरो’ रहल, जवन 2018 में आई। तबसे उ ग्लैमर इंडस्ट्री से दूरी बना लिहिन। अब उ पारिवारिक जीवन अउर अध्यात्म पर ध्यान देत बाड़ी।
विराट कोहली अउर अनुष्का शर्मा के अयोध्या यात्रा ना केवल भक्ति भाव से भरल रहल, बलुक एहसे ई भी साफ भइल कि आधुनिक जीवन जीयत लोगन में अब अध्यात्म के ओर झुकाव बढ़ रहल बा। उ श्रद्धा से भरल नजर आइन, जेकर असर सोशल मीडिया पर भी साफ देखाई देत बा।
