सीट के खेला शुरू बा हो! NDA-INDIA के बीच छूटल बा पसीना

आलोक सिंह
आलोक सिंह

बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के माहौल अब गरम होत जा रहल बा। मैदान में NDA अउरी INDIA गठबंधन पूरा दमखम से उतर गइल बा, बाकिर सबसे बड़का झगड़ा अब सीट बंटवारा पर बा। दिल्ली से नेता लोग पटना के चक्कर मार रहल बा, आउर प्रदेश के सियासत गरम हो गइल बा।

छोटू के कारनामे पर भारी पड़ी नवादा पुलिस की फुर्ती

NDA में चिराग के दांव, सीट लेके हो रहल बा भाव-ताव

लोजपा (रामविलास) के नेता चिराग पासवान अब खुद के मुख्यमंत्री वाला उम्मीदवार कह रहल बाड़े। उनका ‘नव संकल्प महासभा’ से इशारा मिल रहल बा कि ऊ चाहत बाड़े कि एनडीए में उहे नेतृत्व करे। लेकिन इ दांव बीजेपी आउर जेडीयू के गणित बिगाड़ रहल बा।

मांझी बोले – 243 सीट पर हम तैयार बानी!

हम पार्टी के संरक्षक जीतन राम मांझी साफ कहले बाड़न कि ऊ 243 सीट पर तैयारी कइले बाड़न। कहले कि लड़बो करब आउर लड़ाई भी कराइब। अब एनडीए के सीट फार्मूला और फस गइल बा।

INDIA गठबंधन में कांग्रेस-VIP के डिमांड से बढ़ल टेंशन

उधर INDIA गठबंधन में भी माहौल कम गरम ना बा। कांग्रेस 70 सीट के मांग कर रहल बा जबकि मुकेश सहनी के VIP पार्टी 60 सीट चाहतिया। राजद कहले बा कि “पहिले जीतल उम्मीदवार के लिस्ट दिअ त हम सोचब।” बाकिर कांग्रेस चुप नइखे, आपन हिस्सा चाहतिया। अगर रालोजपा आवेला, त सीट अउरी बंटे के बा।

अब तक के संभावित सीट बंटवारा – NDA बनाम INDIA

NDA:

  • जदयू – 102

  • भाजपा – 101

  • लोजपा (रामविलास) – 24

  • हम – 9

  • रालोमो – 6

(थोड़ा बहुत प्लस-माइनस हो सकेला)

INDIA:

  • राजद – 140

  • कांग्रेस – 52

  • कम्युनिस्ट पार्टियां – 35

  • VIP – 15

(अगर रालोजपा आवेला त 2-2 सीट मिल सकेला)

चुनावी कुश्ती के अखाड़ा तइयार बा!

ए बार के बिहार चुनाव, सिर्फ मतदातन के ना, बलुक गठबंधनन के भी पसीना छुड़ा रहल बा। सब पार्टी आपन नेता, आपन रणनीति, आ अब आपन सीट के लेकर अड़ गइल बाड़ी। देखे के बात ई होई कि असली “दंगल” वोटिंग से पहिले गठबंधन में ना हो जाव!

सितारे जमीन पर प्रमोशन- आमिर बोले – “हरी मिर्च नहीं है क्या?

Related posts

Leave a Comment