“चुनाव न लड़ब, त सईंसे क्यों कराईब?” – तेजस्वी यादव के बिगड़े बोल

गौरव त्रिपाठी
गौरव त्रिपाठी

बिहार के नेता प्रतिपक्ष और RJD के चुनावी तेजाब तेजस्वी यादव अब सीधा धमकी मोड में आ गइल बाड़ें। उनका कहनाम बा कि अगर वोटर लिस्ट रिवीजन (SIR) में धांधली होत रही, त RJD चुनाव से किनारा कर ली।

“अगर सब कुछ पहले से तय बा, त चुनाव करावे के जरूरत ही का बा?” — तेजस्वी यादव

अब बताईं, जब नेता खुद कहे कि ना लड़ब, त जनता का सोच पाई? चाय की दुकान से लेके संसद के गलियारे तक, बस “तेजस्वी चुनाव लड़ीहे कि नइखे?” वाला सवाल ही घुमत बा।

INDIA ब्लॉक के दिल्ली धरना: पटना के आग दिल्ली में फूंकी

तेजस्वी के बयान के बाद INDIA ब्लॉक सीधे दिल्ली पहुंच गइल। संसद के सामने विशेष गहन पुनरीक्षण (SIR) के खिलाफ जम के विरोध प्रदर्शन भईल।

भोजपुरिया अंदाज में कहें त — “पटना में जवन चिंगारी उठल, उ दिल्ली के लंगोट जरा देहलस।”

रामनाथ ठाकुर के ठसक: “बहिष्कार करब त करि, आयोग के काम में ना टांग अड़ाईं”

तेजस्वी के बयान पर रामनाथ ठाकुर बोले —

“SIR कराना आयोग के काम बा, तेजस्वी के लड़ना है त लड़ें, ना लड़ना है त घर बैठें।”

भोजपुरी में कहें त – “अब खेला ना होई, सीधा जंग होई।”

SIR मतलब ‘सरकारी इरादा रद्द’? या सच में रिवीजन?

तेजस्वी कहत बाड़ें कि SIR के नाम पर धांधली हो रहल बा। ऊ मानत बाड़ें कि लिस्ट में फर्जी वोटर, डुप्लीकेट नाम, अउरी पक्षपाती कटौती हो रहल बा। अब ई सब बटनवा दबाइब त ‘जिते वाला तय’ टाइप राजनीति ह?

बिहार के जनता बोले – “एकरा में हमरा का, रासन कार्ड ठीक हो जाव त ठीक बा!”

चाय की दुकान पर बैठे भोलू काका कहले – “भैया, हम त सोचले रहीं कि वोट देव जा, लेकिन अब लागे ला कि बिना चुनाव लड़ले भी खेला हो सकत बा।”

राजनीति के ड्रामा 

ई राजनीति ना, एगो सीरियल हो गइल बा —

  • एपीसोड 1: झंडा बदला (तेज प्रताप)

  • एपीसोड 2: चुनाव ना लड़ीब (तेजस्वी)

  • एपीसोड 3: जनता बोले – “का चल रहल बा भाई?”

बॉयकॉट के बात साच या चाल?

तेजस्वी यादव के बयान से साफ बा कि ऊ चुनाव आयोग पर दवाब बनावे के खेल खेल रहल बाड़ें या फिर असली नाराजगी बा। अब ई सियासत के रणनीति ह कि हार के डर?

बिहार में चुनाव ना लड़े के बात कह के तेजस्वी यादव सबके पॉलिटिकल BP बढ़ा दिहलें। बाकिर पब्लिक अब पूछ रहल बा —
“ई लड़ाई लोकतंत्र के बा कि ड्रामा स्क्रिप्ट के?”

तेज प्रताप यादव का नया झंडा, नई राहें और पुरानी मुस्कान!

Related posts

Leave a Comment