“अबकी बार तेजस्वी सरकार!” – बस ई नारा सुनते ही बिफर गइलें तेजप्रताप!

गौरव त्रिपाठी
गौरव त्रिपाठी

जहानाबाद के एगो रैली में तेजप्रताप यादव माइक पर बोलत रहलन, तबहीं भीड़ में से एक जन बोले पड़ल – “अबकी बार तेजस्वी सरकार!”
बस इहे सुनते तेजप्रताप के माथा गरम हो गइल! बोललें – “फालतू बात मत करs! तू का RSS के आदमी बा? पुलिस उठा के ले जाई!”

अब भला कोई तेजस्वी के नाम ले, आ तेजप्रताप चुप रह जाईं – उ त कैसे होई?

‘हम आरजेडी में नइखी!’ – तेजप्रताप के ऐलान!

तेजप्रताप इ रैली में खुल के बोल दिहलें – “हमनी के तोड़ेला कोशिश भइल, बाकिर भगवान फेर मौका दिहलें। जनता के सरकार होखेला, कौनो परिवार के ना!”

एही में उनकर इशारा तेजस्वी की ओर साफ झलकत रहल – “जे आपन ना भइल, उ जनता के का होई?”

भोजपुरी में कहें त – “जवन भतार ना बन पावल, उ देवता बन के का करी?”

तेजस्वी पर बिना नाम लेके घोंपल तंज के तीर!

तेजप्रताप कहीं तेजस्वी के नाम ना लिहलें, बाकिर तीर सब सीधा ओही पर चलावलें – “जे घमंड करेला, ऊ गीर जाला!”
“राजद के बात मत करs हमरा मंच पर!”

राजनीति के भाषा में ई कहल जाव त – Family Feud now LIVE on stage.

सभा में एक बुजुर्ग:
“बाबू रउरा दुनु के लड़ाई में जनता के मजा आवता, बाकिर सरकार के का होई?”

तेजप्रताप के मन की बात:
“तेजस्वी के नाम सुनते मूड़ घूम जाला, अब त लाउडस्पीकर पर बैन लगाईं!”

तेजस्वी कहीं दूर से:
“भाई के गुस्सा में प्यार खोजी त राजनीति आसान लागी!”

जहानाबाद में तेजप्रताप के गरज सुन के साफ बुझात बा कि यादव परिवार में सब कुछ गुलाबजल ना, बलुक “राजनीतिक बवाल” चल रहल बा।
तेजस्वी के नारा अब सियासत में नारा नहीं, तेजप्रताप के BP बढ़ावे वाला अलार्म बन गइल बा।

जब Modi मिले Xi से और अमेरिका की चाय में नींबू पड़ गया…और पाकिस्तान!

Related posts

Leave a Comment