
बिहार के राजनीति में आजकल एगो नया बवाल बा। जन सुराज पार्टी के मुखिया प्रशांत किशोर मतलब ‘पीके’ जी अब इशारा दे दिहले बाड़ें कि 2025 में ऊ खुद चुनावी मैदान में उतर सकेलें। बाकिर बात खुल के ना कहले, बल्कि बोलीं – “नीतीश जी अगर लड़िहें, त हमहूं लड़ब!”
ई सुन के जनता कहे लागल – “अरे! ई त ट्रेलर बा बाबू, पिक्चर अबहीं बाकी बा!”
सीट के सवाल पर PK: “पार्टी से बड़ हम ना हईं!”
जब लोग पूछल कि – “पीके भइया, आप काहाँ से लड़ब?”
त ऊ हंस के कहले – “हम पार्टी से बड़ ना हईं, जहां पार्टी कहिए, ओही से लड़ब।”
बाकिर अंदरखाने इशारा दे दिहले कि अगर लड़िहें त जनमभूमि सासाराम या करगहर, ना त करमभूमि राघोपुर से उतर सकेलें।
मतलब – “जहवाँ से टिकट मिलल, उहे हमर ससुराल!”
नीतीश या तेजस्वी? केहू के ना बख्शब!
PK के कहनाम बा – “नीतीश जी 20 साल से चुनाव ना लड़ले बाड़ें, बाकिर अगर अबकी मैदान में अइहें त हमहूं ना पीछे हटब।”
ऊ तेजस्वी यादव के खिलाफ लड़ाई के नामो लिहले, बाकिर कहलें – “मजा त तब आई जब नीतीश सामने होखें!”
जनता अब पूछतिया – “PK के सीट खोजत बानी जा, बाकी लड़ाई देखे लायक होई!”
243 सीट पर उम्मीदवार, बाकिर PK खुद कहां से?
जन सुराज पार्टी एलान कर चुकल बा कि ऊ 243 सीट पर चुनाव लड़ी। बाकिर अबले पार्टी के सबसे बड़ा चेहरा, PK के खुद के सीट पर रह गइल बा सस्पेंस।

मतलब – “सेना तैयार बा, बाकिर सेनापति के अड्डा तय ना भइल!”
VIP सीट बने वाला बा PK के चुनावी मैदान!
जवनो सीट से PK लड़िहें, उ त अपने आप में VIP हो जाई। चाहे सासाराम होखे, करगहर या राघोपुर — कैमरा, माइक, सोशल मीडिया, सब ओही के पीछे भागी।
मतलब – “PK के जहां पैर पड़ जाई, मीडिया के टीआरपी वहीं ठहर जाई!”
राजनीति में अब PK बनत बाड़ें ‘प्रचार गुरु से प्रत्याशी’
प्रशांत किशोर जेकरा के अबले देश के सबसे बड़ा रणनीतिकार मानल जात रहल, अब खुद मैदान में उतर के देखावे चाहत बाड़ें कि – “राजनीति सिखावत रहीं, अब खुद खेल के देखाई!”
बाकिर बिहारिया जनता भी बोले लागल –
“ए PK भइया, प्रचार ठीक बा, बाकिर जनता अब वोट मांगते देखे के चाहतिया!”
अब त पक्का बा, PK मैदान में उतरहीं – बाकी मुकाबला होई जबरदस्त!
नीतीश कुमार लड़िहें कि ना, ई त समय बताई। बाकिर ई तय बा कि पीके अब बैकफुट से फ्रंटफुट पर आ गइल बाड़ें। जनता देखतिया, मीडिया सूंघतिया, विपक्षी काँप रहल बा – और PK?
“सिर्फ ई कह रहल बाड़ें – तइयार रहऽ, अबकी बार हमार वार!”
मम्मी कसम! Bigg Boss 19 की “डॉली बिंद्रा 2.0” हैं Kunika Sadanand