चिरागवा बोले – पूरा बिहार हमरा चाहीं

आलोक सिंह
आलोक सिंह

243 सीट पर लड़ब… एको सीट कम नइखे मंजूर! बिहार में फिर से सियासी महाभारत शुरू हो गइल बा। एक ओर NDA (बीजेपी, जेडीयू, चिराग के LJP-R) तो दूसरी ओर INDIA गठबंधन (आरजेडी, कांग्रेस, सीपीआई, VIP वगैरह) तइयार बा मैदान में कूदे के। लेकिन असली तड़का तब लागल जब चिराग पासवान एलान क दिहले –
“हमनी के पार्टी त अबकी बेर 243 सीट पर लड़ी!”

17 दलों को नींद से जगाया ECI ने! बोले: “या चुनाव लड़ो या बाहर हो जाओ

मतलब – पूरे बिहार के एके झटके में “पासवान पावर” से झकझोर देबे के इरादा बा।

“टूटल पार्टी, लेकिन चिराग जलता रहा…”

रामविलास पासवान जी के बाद LJP के बटवारा हो गइल –

  • एक ओर चिराग पासवान (जो अब NDA में मंत्री बा)

  • दूसरा ओर पशुपति पारस (जो अब INDIA गठबंधन के हिस्सा बन गइल बाड़ें)

मगर चिराग भाई हार माने वाला कहां! अब त बुझाता कि ऊ सोच लिहले बाड़ें – “बड़े-बड़े गठबंधन सब आये जाए, हमरा त बिहार के सिंहासन चाहीं भाई!”

नव संकल्प महासभा में एलान – “पूरा बिहार लेब!”

6 जुलाई के छपरा में ‘नव संकल्प महासभा’ में चिराग जी बोले – “हम 243 सीट पर लड़ब, बिहार के हर कोना में LJP-R के पताका लहराई!”
भोजपुरी में कहें त – “ई नवा जोश, नवा जोशिला अंदाज बा भइया!”

रणनीति कि धमकी? NDA के माथा पर शिकन

अब सवाल उठता – जब NDA में बानीं, त काहे बार-बार सब सीट पर लड़े के बात कर रहल बानीं?
ई रणनीति ह कि जेडीयू-BJP पर दबाव?
कहीं इ त नइखे कहे चाहत – “अगर सीट ना मिलल त हमही पुरा NDA के हिला देब!”

मांग– “45 सीट दे दीं नहीं त सब ले लब!”

चुनाव विश्लेषक मानत बाड़ें कि चिराग 45 सीट मांगत बाड़ें। 2024 में ऊ 5 सीट जीत के मंत्री बनलन, अब चाहत बाड़ें बिहार के कुर्सी!
NDA सोच में पड़ गइल बा – “45 दे दीं त बाकी गठबंधन चिढ़ जाई, ना देब त चिराग भाई बागी हो जाई!” राजनीति के महाभोज में प्लेट सबके चाहीं –बाकिर चिरागवा बोले – ‘भइया थाली नाहीं, पूरा बफे चाहीं!’

गठबंधन के गणित बिगड़ल त…

बिहार में गठबंधन के रिवाज बा, लेकिन ‘सीट बंटवारा’ में हमेशा लात-जूता चलेला।
ई बार चिराग के स्टाइल बुझाता बा – “अगर खीर बंटत बा, त मलाई हम लेब, वरना भगोना लेके चल देब!”

“राजनीति में सब संभव बा!”

बिहार के सियासत में कब का, कौन, कइसे पलटी मारे – ई त भगवान भी नइखन जानत। आज चिराग NDA में बाड़ें, काल्ह INDIA में होखस, परसों अपना नयका फ्रंट में आ जास…बस जनता देख रहल बा – “ई चिराग के रोशनी कहां तक पहुंची?”

ट्रंप की सुरक्षा में सेंध! नो-फ्लाई ज़ोन में घुसे विमान को F-16 ने से भगाया

Related posts

Leave a Comment