
अबकी बिहार विधानसभा चुनाव 2025 में राजनीतिक मैदान गरम बा। सब पार्टियन के राजनीतिक GPS ऑन हो गइल बा। एही बीच AIMIM के बिहार अध्यक्ष अख्तरुल ईमान चिट्ठी लिख के लालू जी के दरवाजा खटखटा दिहले – बोले, “हमहूं महागठबंधन में बानी।”
अब सवाल ई बा कि ई चिट्ठी गठबंधन के न्योता ह कि RJD के परीक्षा पत्र?
पटना में खेमका हत्याकांड: 250 मीटर दूर थाने से पहुंची देर से पुलिस
AIMIM बोले – ‘सेक्युलर वोट मत बंटाई’, RJD बोले – ‘तब मैदान छोड़ दीहीं’
ओवैसी जी के पार्टी बोले – “सेक्युलर वोट बाटे से NDA के फायदा होई। एकजुट होके लड़ाई के ज़रूरत बा।”
बाकिर RJD के नेता मनोज झा बोले – “अगर BJP से लड़े के बा त AIMIM मैदान में मत उतर, बस सैद्धांतिक समर्थन दे।”
अब बताईं, रोजा में खीर बनवाइबू त चखब ना का?
AIMIM के सीमांचल से मोहब्बत, बाकिर गठबंधन से दूरी?
AIMIM के पकड़ सीमांचल इलाका में बा, जइसे बायसी, जोकीहाट, कोचाधाम। 2020 में पांच सीट जीत के ओवैसी बाबू बोले रहलें – “देख ल, अब हमार समय आ गइल बा।”
बाकिर अगिला लाइन में 4 विधायक RJD में कूद गइलन।
अख्तरुल ईमान अब अकेला MLA बाड़ें – सियासी ‘एकला चलो रे’ के मिसाल!
अगर गठबंधन बनल – ‘सेक्युलर सतरंगी’, ना बनल – ‘वोट कटवा कड़ाही’
गठबंधन बनल त मुस्लिम वोट एकजुट होई, NDA के हरावल आसान होई।
बाकिर RJD के माथा में गणित के गांठ बा – बोले, “सीट झगड़ा होई, छवि बिगड़ी।”
अब सवाल ई बा – “सेक्युलर सोहर गाइबू का, कि सियासी सियाराम?”
AIMIM अकेले लड़े त… NDA मुस्कुरा दी
2020 में AIMIM 20 सीट पर लड़े के बाद 5 सीट जीते, 5.23 लाख वोट मिलल – ई सब RJD के पेट में मरोड़ देलस।
एगो कहावत बा – “जिनगी के सबसे बड़ा दर्द उ होले जेकरा में केहू मुस्कुरा के छुरा घोंप दे।”
AIMIM के अकेले लड़ाई NDA खातिर “गिफ्ट पैक में जीत” हो सकेला।
तीसरा मोर्चा: ‘ना NDA के, ना RJD के, हम त अपन खुद के बनाइब रे!’
AIMIM इशारा कइले बा कि अगर गठबंधन ना बनल त ऊ BSP या अउरी पार्टी से “ग्रैंड डेमोक्रेटिक सेक्युलर फ्रंट – पार्ट 2” लाए सकेले।
2020 में 6 सीट मिलल रहल – यानी, ताली के दू हाथ चाही, बाकिर अगर खुदे ताल बजा सकी त कौनो रोक ना सके!
गणित, भावनाएं आ सीमांचल के समीकरण
AIMIM के पास सीमांचल के 30-40% मुस्लिम वोट पर भरोसा बा, बाकिर RJD के पास पुराना जातिगत गठजोड़।
अब RJD के दिमाग में खिचड़ी पक रहल बा – AIMIM के लिआईं त छवि बिगड़े, छोड़ दीं त वोट कटे!
ई सियासत अब ‘सम्भावना बनाम साख’ के खेल बन गइल बा।
गठबंधन के बियाह होई कि ‘राजनीतिक तलाक’?
AIMIM बिहार चुनाव में इस बार भी Kingmaker बन सकेला – गठबंधन के हिस्सा बनल त NDA के रात उजराइल बा,
बाकिर अगर ना बनल, त RJD के सियासी नींद हराम होई।
अब देखे के बा – ओवैसी जी ‘दूल्हा’ बन के महागठबंधन में जयमाल डालिहें, कि सिंगल रह के सबके हरावल चाहिहें?
“2025 के बिहार चुनाव में एगो बात तय बा – राजनीतिक खेल होई जोरदार, बाकिर वोटर लोग कहत बा – ‘पहिले बतावा, गठबंधन में के बा?'”