पटना में तेजस्वी के घर जुटल बिचारों के मंडी – के बनी सीएम, के पाई सीट

आलोक सिंह
आलोक सिंह

बिहार में विधानसभा चुनाव के लउकल बेरा अब सिर पर बा आ राजनीतिक तवे पर चढ़ चुकल बा सियासत के तड़तड़िया तड़का। आज पटना में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के सरकारी आवास पर महागठबंधन के अहम बैठक बावे। ई मीटिंग अइसन समय हो रहल बा जब चुनावी बिसात बिछावल जा रहल बा आ जनता के दिल-दमाग जीत के होड़ लागल बा।

तेल उबला! अमेरिका-ईरान तनाव से कीमतें आसमान पर

सीएम फेस अउरी सीट बंटवारा – सबके नजर एह पर बा!

ई महागठबंधन के चउथी बैठक ह। चर्चा बा कि आज के मीटिंग में दो चीज पक्की हो सकेले:

  • के होई महागठबंधन के सीएम चेहरा?

  • सीट के बंटवारा के फॉर्मूला का होई?

राजनीतिक गलियारा में जोरदार अटकल बा कि तेजस्वी यादव के नाम पर मुहर लग सकेला, बाकिर बाकी दल आपन हिस्सेदारी के सवाल पर टिकल बाड़े। बैठक में चुनावी मुद्दा, प्रचार रणनीतिNDA सरकार पर हमला के तरीका परोसी गई।

के-के शामिल हो रहल बा मीटिंग में?

महागठबंधन के एह खिचड़ी में कई रंग बा:

  • राजद से तेजस्वी यादव, अब्दुल बारी सिद्दीकी, आलोक मेहता, संजय यादव

  • कांग्रेस से राजेश राम, कृष्णा अल्लावरू, शकील अहमद

  • भाकपा माले से कुणाल, धीरेंद्र झा

  • CPI, CPM, आ VIP से रामनरेश पांडेय, अजय कुमार सिंह अउरी खुद मुकेश सहनी

ई लोग मिलके सियासी पकवान पकावत बाड़े, जेकर स्वाद पूरा बिहार चखे वाला बा।

NDA पर हमला – रणनीति तय होई!

बैठक के एगो अहम् बिंदु ई बा कि NDA सरकार के किन-किन मुद्दा पर घेरल जाव। बेरोजगारी, महंगाई, जातीय जनगणना, शिक्षा आ किसान मुद्दा पर हमलावर रणनीति बनावल जा सकत बा।

बात बनब कि बिगड़ब?

अब देखे के बा कि ई महागठबंधन मतभेद के महाकलेश बन के उभरता, भा एकजुटता के मिसाल। तेजस्वी यादव के घर से आज निकले वाला रणनीति, बिहार के सियासी जमीन हिला सकेला।

“चुनाव के मौसम बा, मुद्दा पर नजर राखीं, चेहरा ना चेहरा के काम देखीं!”

मिर्च झोंकी, बैग उड़ाया! बहराइच में फिल्मी अंदाज़ में लूट

Related posts