तेज प्रताप यादव के बगावत भइल खुल के! अब RJD में जयचंद के खोज शुरू

आलोक सिंह
आलोक सिंह

बिहार के सियासी हलचल में एक बार फेरु लालू यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव मंच पर आ गइल बाड़न। ई बार ना त रथ यात्रा बा, ना कृष्ण अवतार… सीधा ट्वीट के ज़रिए अपनी पार्टी आरजेडी के खिलाफ बगावत के झंडा फहरवा दिहलन।

“जयचंद के साजिश”: तेज प्रताप यादव के सनसनीखेज आरोप

तेज प्रताप यादव एक्स (पहिले वाला ट्विटर) पर लिखलन:

“मुझे तो जयचंदों की साजिश के तहत पार्टी से बाहर कर दिया गया। अब देखल जाव, वीरेंद्र यादव जइसन लोग पर कार्रवाई होला कि ना?”

एह ट्वीट में ऊ सीधे विधायक वीरेंद्र यादव के नाम लेके कहलन कि ऊ बाबा साहेब आंबेडकर के अपमान कइले बाड़न, जाति विशेष के गाली दिहलन आ खुद तेज भइया के जान से मार देवे के धमकी दिहलन।

विधायक भाई वीरेंद्र यादव के धमकी वाला ऑडियो वायरल

एही बीच एक वायरल ऑडियो में RJD विधायक वीरेंद्र यादव पंचायत सचिव से बहस करत नजर आवत बाड़न, जवन बहस बाद में गाली-गलौज आ जूता से पिटाई तक के बात पर पहुंच गइल। बोले:

“मैं भाई वीरेंद्र हूं! पूरा हिंदुस्तान जानता है!”

बाकिर सचिव जी बोले: “हम न तनि जानतानी, आधार कार्ड देखा दीं!”

“संविधान के सम्मान भाषण में ना, आचरण में होखे के चाहीं”

तेज प्रताप के ट्वीट में ई बात भी खास रहल:

“संविधान का सम्मान केवल भाषण में ना, आचरण में देखाई देवे के चाहीं।”

मतलब – कुछ नेता मंच पर दलित-महादलित बोल के ताली बजवावत बाड़न, बाकिर असल ज़िंदगी में OBC के भी न बख्शत बाड़न।

परिवार से निष्कासन: लालू जी के पोस्ट भी कइले हलचल

याद करीं, जब तेज प्रताप यादव के फेसबुक वाला ‘लव पोस्ट’ वायरल भइल रहे, तब लालू यादव खुद सोशल मीडिया पर ऐलान कइले रहले:

“बड़ बेटा के सार्वजनिक आचरण आ गैर जिम्मेदाराना बर्ताव, पार्टी आ परिवार के मूल्यों के खिलाफ बा। 6 साल खातिर बाहर!”

जवना पर सोशल मीडिया बोले:

“ई राजनीति ह कि ‘बिग बॉस बिहार एडिशन’?”

पॉलिटिकल चक्रव्यूह: वीरेंद्र यादव – ‘सबसे भरोसेमंद’ से ‘सबसे विवादित’ तक

वीरेंद्र यादव, जेकरा के आरजेडी के अल्टिमेट लॉयलिस्ट मानल जात रहे, अब पंचायत सचिव के जूता मारन वाला विधायक के नाम से ट्रेंड हो रहल बाड़न। विरोधी लोग कहत बा:

“पार्टी में जवन बोले, ऊ बगावती। जवन धमकावे, ऊ समर्पित साथी?”

तेज प्रताप के ‘धमाका’ आरजेडी के चूल हिला दिहलस

RJD के भीतर अब ई सवाल उठ रहल बा:
“न्याय सबके लिए एक जैसा बा कि बाप-भाई-भतीजा के हिसाब से बदल जाला?”
तेज प्रताप के ट्वीट, वीरेंद्र यादव के ऑडियो, आ पार्टी के चुप्पी — सब मिलके बता रहल बा कि बिहार में सियासत अब भावनात्मक मोड़ पर पहुंच गइल बा, जेतना पारिवारिक बा, ओतना ही ड्रामेटिक।

ग्लूटन छोड़ो, लेकिन सोच-समझ के! हर ट्रेंड वज़न नहीं घटाता

Related posts

Leave a Comment