जेडीयू छोड़ आरसीपी पहुंचे जनसुराज में, अब PK संग नई राजनीति के मैदान में उतरलें!

आलोक सिंह
आलोक सिंह

बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले, सियासत में हलचल तेज हो गइल बा। RCP Singh, जेकरा के लोग नीतीश कुमार के खास मानत रहे, अब प्रशांत किशोर (PK) के पार्टी जनसुराज में शामिल हो गइल बा।

भारत अब आंखों में चुभता है ट्रंप को? वजहें हैं चौकाने वाली!

पटना में भइल प्रेस कॉन्फ्रेंस में आरसीपी सिंह कहले –

“ई हमरा खातिर नया अध्याय ह। ईश्वर के आशीर्वाद से अब हम बिहार खातिर फिर से लड़ाई में उतर रहल बानी।”

आशा के जनसुराज में विलय

आरसीपी सिंह के खुद के पार्टी ‘आप सबकी आवाज’ (आशा) अब जनसुराज में विलीन हो गइल। ई विलय खाली संगठनात्मक मेल ना, बलुक रणनीतिक मोड़ बा। अब जनसुराज के पास सिर्फ जनाधार ना, बलुक राजनीतिक अनुभव वाला चेहरा भी आ गइल बा।

PK बोले – “RCP के अनुभव, जनसुराज के ताकत बढ़ाई”

प्रशांत किशोर कहले:

“2015 में महागठबंधन के सफलता में RCP के योगदान के लोग भूले नहीं होई। अब उ अनुभव जनसुराज के मजबूती देई।”

PK जोर देके कहले कि अब जातिवाद ना, काम आधारित राजनीति होई।

नीतीश कुमार पर तंज – “अब पार्टी में के टैक्स लेता?”

RCP सिंह, जे पहिले नीतीश कुमार के खासमखास रहले, अब मंच पर उहे नीतीश पर सवाल उठावत बाड़े:

“जब हम पार्टी में रहनी तब ‘RCP टैक्स’ कहल जात रहे। अब पार्टी छोड़ देनी, अब के टैक्स लेता?”

जनसुराज के विस्तार में नया बूस्ट

जनसुराज के पदयात्रा अब सियासी अभियान में बदल रहल बा।

  • PK के पास रणनीति बा।

  • RCP के पास संगठनात्मक अनुभव।

  • दुनु मिलके अब बिहार में तीसरा विकल्प बनावे के दावा करत बाड़ें।

जेडीयू के चिंता बढ़ल

JDU के भीतर ई घटनाक्रम से बेचैनी साफ दिख रहल बा। नीतीश कुमार के पुरान साथी अब विरोधी मंच पर बाड़ें।
PK साफ कहले:

“जेडीयू में अब उ लोग बाचल बा जे खुदे जिला अध्यक्ष के नाम नहीं जानत।”

बिहार में अब सियासत बदल रहल बा। RCP और PK के साथ आवे से जनसुराज के चेहरा अउरी चमके वाला बा। जवन लड़ाई पहिले परदे के पीछे लड़ा जात रहे, अब ओह मैदान में खुला एलान हो गइल बा।

“मोदी सरकार ने मांगे थे चार, चुना सिर्फ़ एक!” — विदेश दौरे पर कांग्रेस की ‘कटौती’

Related posts