बिहार बुला रहल बा कि कुर्सी?” तेजस्वी के तंज पर चिराग चुप

आलोक सिंह
आलोक सिंह

लोजपा-रामविलास के नेता अउरी केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान के मन अब केंद्र से निकल के बिहार में भटक रहल बा। कहले– “हम केंद्र में सेवा कर चुकनी, अब बिहार बुला रहल बा!” अब जनता पूछ रहलिया– “ई बिहार कब से कॉल करने लगलस?”

“बिना पैसे कोई काम नहीं!”—भाजपा की नेता ने सरकार को कर डाला ट्रोल

तेजस्वी के तंज: “सीएम बनना बा त खुल के बोलऽ, ई फोन कॉल के ड्रामा मत करऽ”

तेजस्वी यादव पॉडकास्ट में चुटकी लेत कहले–

“अगर मन बा सीएम बने के, त सीधे बोलऽ… ई ‘बिहार बुला रहल बा’ कहके भावुकता मत बटोरऽ। का भगा दिहल गइल रहऽ बिहार से?”

साफ तंज रहल– “राजनीति में सच्चाई, स्क्रिप्ट से नीक होला!”

“केंद्र छोड़े के मन बा… बाकिर सीट अबहियो फिक्स नईखे!”

चिराग पासवान खुद कई बार इशारा कर चुकल बानी कि ऊ बिहार विधानसभा चुनाव लड़ सकेलें। पार्टी के अंदर से कहला जाता कि उनकर शेखपुरा या शाहाबाद से नाम तय हो सकत बा। बाकिर चिराग साफ कहले बानी– “पार्टी कहेगी त लड़ब, बाकी बिहार त दिल में बा!”

बीजेपी के दुविधा: NDA में सीट बाँटत-बाँटत माथा भारी

अब एलजेपी रामविलास अगर चिराग के बिहार भेजे के मूड में बा, त NDA में सीट बंटवारामुख्यमंत्री फेस पर बहस होई तय। बीजेपी कह रहल बा– “सीएम त नीतीशे जी रहीहें!”
अब NDA के नेता सोच में पर गइल बाड़ें– “सीट बाँटे के पहिले ई कुर्सी के सपना कहाँ से आ गइल?”

जनता पूछ रहल बिया: “बिहार बुला रहल बा… या कुर्सी?”

बिहार के जनता अब ई बयान पर चुटकी ले रहल बा:

“हमरा त लागत बा ई ‘बिहार बुला रहल बा’ नया वेब सीरीज के टाइटल हवे, सीजन 1 में चिराग स्टार बनल बाड़न!”

सीएम सपना के खुलासा कब करबऽ चिराग बाबू?

अब जब तेजस्वी यादव खुलेआम सवाल उठवले बाड़ें कि चिराग पासवान मुख्यमंत्री बनना चाहत बाड़न कि नाही, त चिराग पर बा कि ऊ साफ-साफ बोलेलें। जनता के अब ड्रामा ना, असली प्लॉट चाहीं।

डील पक्की समझो! ट्रंप बोले- अमेरिका के लिए भारत के बाजार और खुलेंगे

Related posts

Leave a Comment