बिहार चुनाव: “40 सीट पर लटकल सरकार, नेता घुसल गली-गली कार!”

गौरव त्रिपाठी
गौरव त्रिपाठी

बिहार चुनाव 2025 अब पूरा 243 सीट छोड़ि के 40 गो सीट पर आ के टिक गइल बा। जइसे मोबाइल में 128 GB रहेला बाकिर स्टोरेज भर जाला सिर्फ WhatsApp वीडियो से! पिछला बेर ई 40 सीट पर जीत हार के मार्जिन 3,500 वोट से कम रहे। अबकी त नेताजी हर बूथ पर फोटो खिंचावत घुमत बाड़े – “देखीं जनता जी, एही गली से बचपन में साइकल चला के स्कूल जात रहनी।”

“पैसा ऊपर, कर्ज नीचे! वेदांता बना फाइनेंस का ‘Walking Dead’”

हिलसा में 12 वोट से हारल आरजेडी, अब दरवाजा-दरवाजा लस्सी पियावत बिया

हिलसा सीट 2020 में जेडीयू जीतल रहे – महज 12 वोट से। आरजेडी के नेता त अब कहतारे – “का हो, एक गलती से पूरा जिला हाथ से निकल गइल। अबकी त चाय ना, घर-घर लस्सी पहुँची!”
गांव के बुजुर्ग बोललें – “बबुआ, लस्सी पियवले से वोट ना मिली, चप्पल वाला सड़क बनवा दऽ, त बात बनत!”

बूथ मैनेजमेंट, आरजेडी के बिरादरी मैनेजमेंट

बीजेपी अपना डिजिटल चेला से हर बूथ पर वोटर के डेटा अपडेट करावत बा। PM के 5 रैली, CM के 10 भाषण अउरी Facebook लाइव रोज!
वहीं आरजेडी आपन यादव+मुस्लिम समीकरण जोड़त बा, कहत – “ई बेर पुरनका गलती ना दोहराई.”
कांग्रेस पूछतिया – “हमरा के कहां उतारी?”
बामपंथी पूछत – “हमें त अब पोस्टर परो ना दिखावल जात!”

PK के परचारवा – ‘जन सुराज नाहीं, जन सन्यास बा!’

प्रशांत किशोर अबके चुनउआ में नया role में बाड़न। सभे सीट पर चप्पल घिस के घूम रहल बाड़न।
गांव में एगो चाचा कहले – “का बबुआ, एतना पसीना बहा के चुनउआ में लइका लोग के भरमावत बाड़ऽ। नेता बनल आसान ना होले, ई कोई TikTok नू हौ!”

रथवा पर राहुल, बाकिर कन्हैया के रोकल गइल – ‘का बाबू, VIP सीट बुक हो चुकल बा!’

बिहार बंद के टाइम पटना में राहुल गांधी रथ पर चढ़लें, बाकिर कन्हैया कुमार के सुरक्षाकर्मी रोक देले।
कन्हैया बड़ बेज्जत महसूस कइले – “ए रथ पर त हमनी के सपना चढ़ल बा!”
जनता के रिएक्शन – “चढ़े वाला बहुते बा, बाकिर उतरते टाइम सबके फुस्स फुलवा हो जाला!”

मतदाता बोले – ‘हमके त हर बेर बौका बनावल जाला!’

गांव के रामदुलारी कहली – “जब सगुनवा के शादी हो रहल रहे, त नेताजी पांव छू के आशीर्वाद लिहलें। अब त ना फोन उठावेलन, ना नाली के हाल पूछेलन!”
पतोहू बोलली – “माईजी, ई लोग पांच साल में एक दिन आवेला, त गाड़ी से उतरते घमंड झरावे!”

डाटा डाटा खेल बा – बाकिर जनभावना त गली-मोहल्ला में बसल बा!

बीजेपी कहत – “हमरा लगे एक्सेल शीट बा, सब वोटर के जाति-धर्म के हिसाब से लाइन लगवले बानी।”
महागठबंधन कहे – “जनता के दिल में हम बानी!”
बाकिर जनता बोले – “दिल त कब से भर गइल, अब पेट भरावल जरूरी बा!”

रातल से पिटाई – नेता घबड़ाइल बा!

डिजिटल टीम दिन-रात रिपोर्ट बना रहल बा – “फलाना गांव में 65% पिछड़ी जाति, 20% अल्पसंख्यक, बाकिर जोक सुन के हंसत नईखे केहू!”
जनता के साफ-साफ बोल – “बकवास से चुनाव ना जीताला, काम कर, त हमार वोट के दाम मिलि!”

बूथे पर होई असली घमासान!

बिहार में अब ई 40 सीट ना, बलुक 40 रणभूमि बन चुकल बा। नेता रोजे 5 कि

Sadma 42 साल: Sri Devi और Kamal Hasan की जादुई जोड़ी फिर याद आई!

Related posts

Leave a Comment