ई बार के बिहार चुनाव में सबके पसीना छूट गइल बा!

Ajay Gupta
Ajay Gupta

भइया, अबकी बिहार विधान सभा चुनाव 2025 के हालत कुछ अइसन बा, जइसन ससुराल में बिना दूल्हा के बरात पहुँच गइल हो! पहिले त सियासत बड़ा सिंपल रहल — जदयू, भाजपा अउर राजद में से जे दो गो मिल गइल, उहे सरकार बना लेहलें। बाकिर अबकी बार मैदान में उतर गइल बाड़न चुनावी चाणक्य प्रशांत किशोर पांडे!

जब ‘पदयात्री PK’ बन गइल चुनावी महायोद्धा

PK बाबू त तीन साल से बिहार के गाँव-गाँव पदयात्रा करत घूम रहल बाड़न। का बड़कका, का छुटभैये नेता – सबके पसीना छुड़ा देले बाड़न। एगो बात याद रखीं, जवन नेता पदयात्रा कइले बा, उ बहुत दिन ना टिके… बल्कि बहुत ऊपर चढ़ जाला!

ऊ नीतीश के खास रहे वाला RCP सिंह के पार्टी “आप सब की आवाज़” के भी जन सुराज में मिला लिहलें। दोसरा जदयू के बड़ नेता दसाई चौधरी अउर भुवन पटेल भी अब PK के संग हथियार उठा लिहलें। ई संगठन अब कुर्मी वोट बैंक के भी घेर रहल बा

तीन लाख वोट, नये खिलाड़ी से सबका खेल बिगड़ल

2020 में NDA अउर MGB के बीच में बस तीन लाख वोट के अंतर रहल। अब सोचीं, जब प्रशांत किशोर जइसन प्लेयर 243 सीट पर उम्मीदवार उतारी, त केकरा से कति ना होई नुकसान?

राजद के खेमा कह रहल बा कि NDA वोट काटे के मशीन ह, बाकिर अबकी ऊ खुद फँस रहल बाड़े। BJP अउर JDU के बीच भी सीट बँटवारा खिचड़ी बन गइल बा। उपर से चिराग पासवान भी “मुख्यमंत्री ना त राजा के सलाहकार” बन के घूमत बाड़न!

घोषणन के बहार: लेकिन जनता पूछे — “पक्का?”

नीतीश कुमार कहत बाड़न — 125 यूनिट बिजली फ्री, 50 लाख रोज़गार, सोलर, अस्पताल, स्कूल – मतलब सबकुछ फ्री के दूकान!

तेजस्वी यादव भी कहत बाड़न — “20 महीना में बिहार बदल देब!” लेकिन जनता के भरोसा टूटे ना टूटे, ई अगला 20 महीना बताई।

भाजपा के टेंपो हाई बा, बाकिर PK आ गइलन ‘हाथी के काटे वाला चींटी’

भाजपा पूरा जोर लगा के वोटर, प्रवासी, महिला, किसान — सब पर फोकस कइले बाड़ी। 58,900 करोड़ के केंद्रीय बजट देके बिहार के दिल जीतल चाहत बाड़ी। लेकिन PK के पैदल चलल — बहुत भारी पड़ सकेला!

जे वोटर सोच रहल बा, ऊ फैसला कर दी!

अबकी बार जाति के गणित से ज़्यादा, जनभावना के रसायन काम करी। एक तरफ मोदी-नीतीश के विकास वाला नारों के गूंज बा, त दोसरका ओर PK के चुप्पा-चुप्पा जनक्रांति।

ई बिहार चुनाव अब रॉकेट साइंस त बइठे, बाकिर लांचिंग के बटन जनता के हाथ में बा!

“चुनाव के खेल ह जइसन सास बहू के झगड़ा, के कब किसके साथ हो जाई – एमे कुंडली के गुरु भी गच्चा खा जालें!”

“साम, दाम, दण्ड, स्मारक!” – मायावती का सियासी मास्टरप्लान तैयार

Related posts

Leave a Comment