तेजस्वी के मूत्र कहे के बावजूद, पत्रकार अबहियो सटे रहले बाड़े

आलोक सिंह
आलोक सिंह

अब देखीं न, एगो गुप्त सूत्र (जेकरा नाम से पूरा राजधानी काँपेला) कहले बाड़ें कि “तेजस्वी के राजनीति अब मूत्र समान हो गइल बा” – मतलब गंधदार, बेजान अउर सटक गइल।
बाकिर पत्रकार बिचारे… उ त अबहियो तेजस्वी के पीछे कैमरा, माइक अउर कंधा झूला लेके सटले बाड़ें।

“का जाने का दिन में तारा निकले!” – ई सोच के अबहियो सब माइकवा तेजस्वी के ठोड़ी से टकरात बा।

अगला सीएम – सपना की खुमार?

अब बात ई बा कि तेजस्वी अगला मुख्यमंत्री बन सकेला – एह लाइन से कुछ पत्रकारन के आंख में सपना ना, बलुक ‘आर-पार’ के मिशन दिखे लागल बा।
केहू कहता – “हम त पहिले से कहले रहनी…”
दोसर – “अबकी बार लालू परिवार से ही…!”
बाकिर सूत्र कहत बा – “राजनीति मूत्र हो गइल बा, धोइए से ना निकली!”

 पत्रकार – निष्पक्ष कि नियोजित?

कुछ पत्रकार लोग त तेजस्वी के बगल में एतना दिन बितावले बा कि अब उकरा कपड़ा से तेजस्वी के पसीना के गंध आवे लागल बा।
अउर पूछी मत – पोस्टर भी बन गइले बा:
“तेजस्वी संग भविष्य के बिहार!”

सच्चाई त ई बा कि न्यूज़ रूम से ज़्यादा सेटिंग रूम गरम बा।

मूत्र से मुख्यमंत्री – मिरास या मिसगाइड?

अब पूछे के बात बा – अगर राजनीति मूत्र ह, त ओहसे सीएम कइसे बन जाई?
ई त वैसने बात हो गइल जैसे भैंस के गोबर से केक बनावे के सपना।
बाकिर बिहार राजनीति में कुछ भी संभव बा – ‘भावना बहा देला, अऊरी रिपोर्टर पोंछेला।’

मीडिया के मर्जी, तेजस्वी के तरजीह

बिहार के राजनीति में नैतिकता के मूत्र, कैमरा के धौंस, अउर सत्ता के खुमारी सब आपस में घुल-मिल गइल बा।
पत्रकार अब रिपोर्टर ना, बलुक सपना खोजे वाला सीएम स्काउट बन गइल बाड़ें।

“सपनों का सिनर! विंबलडन फतह, अल्काराज को हराकर बना चैंपियन”

Related posts

Leave a Comment