“बिहार के सिंहासन पर चिराग की नज़र?” — नीतीश पर बढ़ा दबाव

आलोक सिंह
आलोक सिंह

बिहार की राजनीति में इन दिनन चिराग पासवान के ‘हाई वोल्टेज’ दांव से सियासी करंट भरल बा। लोजपा (रामविलास) के मुखिया चिराग पासवान ऐलान कर देले बाड़न कि ऊ 2025 विधानसभा चुनाव में खुद मैदान में उतरिहें। अब पार्टी के नेता उनका के सीधे मुख्यमंत्री पद के चेहरा बनावे के सियासी गीत गावे लगले बा लोग।

आतंकी बोले “मोदी को बता देना”, दरोगा बोला “CM से नहीं डरते” — सिस्टम गया भाड़ में?

नीतीश बाबू के गद्दी पर संकट?

जब चिराग पासवान बोले कि “हम लड़ब चुनाव”, तब एनडीए के भीतर कुछ नेता करवट बदलले और कुछ के नींद उड़ गई। नीतीश कुमार जी त अबो सत्ता में बाड़न, बाकिर सियासी गलियारा में अटकले बा कि अगिला चुनाव के बाद शायद ऊ मुख्यमंत्री ना बन पावें। तब चिराग के बढ़त देख अब ‘नीतीश बनाम नवजवान चिराग’ के मुकाबला सेट होत दिख रहल बा।

वोट के गणित: छोटा पैकेट, बड़ा धमाका?

लोकसभा चुनाव में लोजपा (रामविलास) के वोट शेयर भले 6.47% रहल, बाकिर उ पांच सीट झटक लेले। जबकि जेडीयू के वोट शेयर 18.52% रहल — बड़का पार्टी के लेबल से। लेकिन चिराग अब ‘पासवान समाज’ के पार भी समर्थन जुटावे में लागल बाड़न। भाजपा के अंदरुनी रिपोर्ट मान रहल कि चिराग अब बड़े खेल के तैयारी में बाड़न।

NDA के सीट बंटवारा: कौन पावे, कौन रोए?

सूत्र कहत बाड़न कि NDA में 2025 खातिर सीट के खाका तइयार हो चुकल बा:

  • जेडीयू: 102-103 सीट

  • भाजपा: 101-102 सीट

  • लोजपा (रामविलास): 25-28 सीट

  • हम पार्टी (मांझी): 6-7 सीट

  • राष्ट्रीय लोक मोर्चा (कुशवाहा): 4-5 सीट

बाकिर असली ड्रामा अब शुरू होत बा — मांझी कहत बाड़न 30 सीट चाही, उधर कुशवाहा जी भी हाथ फैला के कहत बाड़न — “हमके भी कुछु ठोस दीजिए सरकार!”

भाजपा का गणित: चिराग अब सिर्फ पासवान नेता नहीं

भाजपा के एक वरिष्ठ नेता मीडिया में कहले कि “चिराग अब सिर्फ पासवान वोट तक सीमित नहीं रहना चाहते।” उनका नजर अब बिहार की गद्दी पर बा। ऊ सियासत में ‘सॉफ्ट टारगेट’ ना, बलुक ब्राइट लाइट वाला चेहरा बनना चाहत बाड़न।

NDA के महाभोज में चिराग ‘स्पेशल पकवान’?

अब देखे के बा कि ई NDA के भोज में चिराग ‘मुख्य डिश’ बनते बाड़न कि फिर ‘साइड प्लेट’ में रह जइहें। बाकिर अभी के हालात देख के त लगत बा कि चिराग पासवान अब बिहार सियासत में फुल फ्लेवर लाइट एंड साउंड शो लेके आवत बाड़न।

बिहार की राजनीति में अब ‘पासवान’ गूंज

अब सवाल इ बा कि बिहार के जनता 2025 में ‘फिर से नीतीश’ गाएगी, ‘भाजपा के चेहरा’ देखेगी, या ‘चिराग में उजाला’ खोजेगी? एक बात त तय बा — चिराग पासवान अब सियासत में ठंडा दूध ना, बलुक गरम चाय बन चुकल बाड़न!

जब हनुमान जी बने ‘पंचमुखी पावरहाउस’!

Related posts